भोजपुरी के अँजोरिया “प्रभाकर” से “अंकिता”

आज का लिखी कुछ समझ में नइखे आवत… बस खीस बरता। खीस एह बात खातिर आवता की लोग के दोतरफा रवैया जाय के नाम नइखे लेत… आखिर ई सब काहे हो रहल बा। ई बात हमरा समझ से बाहर के बा। आज हम कुछ अइसन लोग के बारे में लिखे जा रहल बानी जे वाकई में बहुत अच्छा काम कर रहल बा आपन भोजपुरी खातिर… बाकी उनका लोग के पहचान हमनी के लिखे-बतावे के पड़ी काहे की रउवा इनका लोग के बारे में जानत नइखी… शायद ई संसार के नियम हो गइल बा की अच्छाई के सामने आवे में टाइम लागे ला….

हमरा आज के पोस्ट के नायक बानी गायक प्रभाकर पाण्डेय अउर गायिका अंकिता पंडित…
दुनु जाना के आवाज सुन के रउवा भी सोचेलागम की हीरा त आपन भोजपुरी में भी बा लेकिन कुछ लोग एकरा के इतना गन्दा कर देले बा की हीरा के चमक भी छुप गइल बा।

आखिर का उपाय बा ई हीरा के दुनिया के सामने लावे के… आज हम अंकिता पंडित के यूट्यूब चैनल पर गइल रहनिया उह चैनल पर तीन गाना बा… तीनों एक से बढ़ के एक। पहिला गाना 4 महीना पहिले आइल रहल… भा तीसरा गाना काल (10/02/2019) के आइल बा लेकिन ई तीनों वीडियो पर पाँच हजार से भी ज्यादा व्यू यानी पाँच हजार से ज्यादा बार देखल गइला के बाद भी अभी उ चैनल के मात्र तीन सौ नब्बे सब्सक्राइबर बा।

ई देखी अंकिता पंडित के चैनल…
https://www.youtube.com/channel/UCkIbacUiATKszPzg4p3C9oA

का जब केहू अच्छा करे त उकरा संघे इहे करे के चाही… एक त रउवा सभे रोना रोवेनी की भोजपुरी अश्लील हो गइल बा, अश्लील हो गइल बा… भा जब कुछ अच्छा आवता त रउवा ओकरा के रेस्पोंस भी नइखी देत… जब अच्छा करे वाला आदमी के मनोबल ना बढ़ी त फिर उ अच्छा काहे करी… का इनका लोग के सौख लागल बा की भोजपुरी से अश्लीलता खत्म करी… भोजपुरी के अँजोरिया खातिर कवन-कवन परिश्रम करी। इनका लोग के का जरूरत बा अच्छा कइला के जब ई समाज ही अइसन बा जवन अच्छाई के भले बढ़ावा ना दी लेकिन बुराई के रोवा-धोवा लगइले रही।

आज हमनी के कुछ अइसन करे के जरूरत बा ताकि जब हमनी के भोजपुरी गाई चाहे सुनी त हमनी के अपमानित महसूस ना करे के पड़े। आ एह खातिर जरूरी बा की जब केहू हमनी के भोजपुरी खातिर अच्छा करे त ओकर मनोबल हर तरीका से बढ़ावल…। ओकर आपना तरफ से हर तरह के सहयोग कइल। भा रउवा सब एतना त बकलोल नइखी की रउवा समझ में नइखे आवत की एगो यूट्यूब पर अच्छा करे वाला के कैसे सपोर्ट करे के बा। आज अगर Wave Music के बीस मिलियन सब्सक्राइबर हो सकत बाड़न त बेजोड़, आख़र भोजपुरिया, अंकिता पाण्डेय के यूट्यूब चैनल पर 1 मिलियन भी सब्सक्राइबर नइखन हो सकत।

आरा के रहे वाला प्रभाकर भईया के बारे में जेतना लिख जाव सब कम बा… उहां के आवाज़ मधुरता के पैमाना बा। भा धन्य उ इन्सान जे प्रभाकर के कला के पहचानल, नितिन नीरा चंद्रा भईया पटना में देशवा के ऑडिशन में प्रभाकर से मिलल रहनी भा उहां के इनकर आवाज सुन के आश्चर्यचकित हो गइनी भा हैरान भी की संगीत के प्रतिभा के धनी अइसन आदमी के सही मौका, काम, सम्मान, अवसर नइखे मिल पावत भा फिर इन्हां के मुम्बई ले के अइनी। प्रभाकर भईया के बारे में ज्यादा ना लिखेम बस उहां के बारे में न्यूज़18 के तरफ से बहुत कुछ लिखल बा उहे लिंक डाल दे तानी रउवा सब जान जाएम इहां के बारे में।

पढ़ी प्रभाकर पाण्डेय के बारे में
https://hindi.news18.com/news/nation/singer-prabhakar-pandey-is-a-superstar-of-bihar-1687247.html

रउरा सभे से हर तरह के सुझाव के बुलाहटा बा… रउवा सुझाव भेजी ताकि हमनी के मार्गदर्शन होखे।???

Kundan Chaudhary

हमार छोटा प्रयास बा भोजपुरी खातिर कुछ कर सकी... भोजपुरी हमार माई भाखा ह, भा माई हमरा सबसे प्यारी बाड़ी। हम सिवान के आन्दर से बानी अभी हम दिल्ली विश्वविद्यालय के किरोड़ी मल महाविद्यालय के छात्र बानी।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Pin It on Pinterest